चुनाव आ गइल का हो
नेता बारन लउकत
चमचा बारन फउँकत
भोटर बारन छउकत
चुनाव आ गइल का हो
सबका मुँहे जात बा
लमा लमा बात बा
पुरनके हालात बा
चुनाव आ गइल का हो
पोस्टर के खेल बा
भोटर में ना मेल बा
चुनाव आ गइल का हो
बँटात बाटे पाउच
मचल बा डोमघाउच
लोकतंत्र करे उह आउच
चुनाव आ गइल का हो
शिलान्यास पर जोर बा
चारों ओरी शोर बा
लोकतंत्र के इहे भोर बा
चुनाव आ गइल का हो
सपना बेचात बा
विकास तउलात बा
भोटर बउरात बा
चुनाव आ गइल का हो
बखोर सब चहेटाई
नीमन लोग चुनाई
हम इहे गोहराईं
चुनाव आ गइल का हो
No comments:
Post a Comment